हाथी के चार सौ एगो साथी


यूपी चुनाव ला सबले पहिले आपन उम्मीदवारन के लिस्ट जारी क दिहली हाथी के पिलवान मायावती. आजु जारी लिस्ट में 101 नाम का साथ बसपा के 401 गो उमीदवारन के नाम के एलान हो गइल. सोनभद्र के दू गो सीट अबहीं ले तय नइखे कि जनरल रहे वाला बा कि रिजरभ. जसहीं तय होखी तसहीं उहो दुनू नाम बता दीहल जाई.
यूपो में सरकार चलावत गोल के असली मालिके के फैसला अझूराइल बा त लिस्ट के चरचे बेकार बा. वइसे दुनू गुट आपन आपन लिस्ट जारी क चुकल बा. बहुते नाम दुनू लिस्ट में शामिल बा. बाकिर चुनाव आयोग अगर फरियवता ना कर सकल त दुनू गोल के उमीदवार अलगा होखे के पड़ी.
बाप बेटा के ऱगड़ा में महतारी-बेटा अझूरा गइल बाड़ें. बेटा त सगरी पचड़ा छोड़ विदेश में मस्ती करत बाड़ें बाकि कांग्रेस के सगरी उमीद गठबन्हन प टिकल बा. अगर कवनो गोल से गठजोड़ ना हो सकल त देहे हरदी लागे के उमीदो ना रही ओकरा.
भाजपा के सूची अबहियों विचार का लेवल प बा. खिचड़ी के पहिले लिस्ट जारियो ना होखी काहे कि हिन्दू संस्कार खरमास में कवनो शुभ काम ना करे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *