29 मई के बिहार में रिलीज होखी लागी नहीं छूटे रामा

LaagiNahiChhuteRama-poster
भोजपुरी के बड़का स्टार पवन सिंह, काव्या, आ कुनाल सिंह के मुख्य भूमिका वाली फिलिम “लागी नहीं छूटे रामा” बिहार में 29 मई से रिलीज होखे जात बा. क्राउन फिल्म्स अउर जगदीश शर्मा प्रोडक्शन के बैनर में बनल एह फिलिम के निर्देशक हउवें जगदीश शर्मा आ प्रस्तुत करे वाला हउवें आशु निहलानी और राज लालचंदानी.

एह फिलिम में रउरा डेविड धवन स्टाईल के कामेडी आ राजश्री प्रोडक्शन के फिलिमन वाला पारिवारिक माहौल देखे के मिली. फिलिम में देखावल गइल बा कि कइसे जब घर में आइल बहू के आदर सम्मान मिलेला त घर गेंदा फूल हो जाला. एह फिलिम में भोजपुरिया सभ्यता के झलको देखे के मिली रउरा सभे के.

फिलिम में जबरदस्त एक्शन बा आ गाना खुबसूरत लोकेशनन पर फिलमावल गइल बाड़ी सँ. कुनाल सिंह एगो माफिया डान के किरदार में बाड़न जिनका से सगरी मुंबई कांपत बा. कुछ अलगा हट के बावे एह फिलिम के कहानी. एकर पटकथा जगदीश शर्मा, संवाद के. मनोज सिंह, आ गीत प्यारेलाल कवि,अरविन्द तिवारी अउर आजाद सिंह लिखले बाड़न. संगीत घुंघरु के बा त मारधाड़ निर्देशन हीरा यादव के. ड्रेस डिजाईनर हउवें बादशाह खान.

एह फिलिम के कलाकारन में पवन सिंह, काव्या, प्रियंका पंडित, कुनाल सिंह, ब्रिजेश त्रिपाठी, संजय वर्मा, हीरा आ नीरज बादशाह के मुख्य भुमिका बा.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।