दू गो गजल

 

– डॉ. रामरक्षा मिश्र विमल

1.RRM Vimal

मन इ जब जब उदास होखेला

तोहरे   आस-पास   होखेला

 

घर धुँआइल बा आँख लहरेला

जब भी बुधुआ किताब खोलेला

 

तोहरा के भुला सकबि कइसे

आजुओ मन लुका के रो लेला

 

चोर भइलीं भलाई ला जेकरा

ऊहे हमरा के चोर बोलेला

 

मेहरी से पिटाके मुसकाले

हारि अपनन से केहू बोलेला

 

दोष कइसे विमल के दे दीं जी

देखि लछिमी कबो ना डोलेला

2.

नेह अमिरित झरित जो कबो

जीव हुलसित फरित जो कबो

 

जोत जिनिगी में जगमग रहित

मन अन्हरिया हटित जो कबो

 

लोर काहें नयन से बहित

ई दरदिया घटित जो कबो

 

आसरा मोर होइत सफल

भास तनिको मिलित जो कबो

 

पूछितीं अर्थ आनंद के

पट विमल के खुलित जो कबो

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।