बिहार के विशेष राज्य के दर्जा दिहला पर विचार

प्रधानमंत्री बिहार के सांसदन के भरोसा दिअवले बाड़न कि राष्ट्रीय विकास परिषद के अगिला बईठका में बिहार के विशेष राज्य के दरजा दिहला पर विचार कइल जाई. ऊ राजग संयोजक शरद यादव का नेतृत्व में मिले आइल बिहार के सांसदन के प्रतिनिधिमण्डल से बतियावत रहलें. सांसद लोग प्रधानमंत्री के बिहार का विकास मे आ रहल बाधा आ परेशानी के जानकारी दिहल. ऊ लोग माँग कइल कि बिहार के नयका बिजलीघरन खातिर कोयला, चीनी मिलन के इथानोल बनावे के इजाजत दिहला आ प्रधानमंत्री ग्राम सड़क योजना काम में तेज ले आवे के माँग कइल. बिहार विधान सभा में सुशील मोदी केन्द्र सरकार से बिहार के विशेष राज्य के दरजा देबे के माँग दुहरवलन.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।