महआ समूह शुरु करे जा रहल बा दू गो नया चैनल

बहुत तरह का चरचा का बीच खबर मिलल बा कि महआ टीवी अपना मुख्य कार्यकारी अधिकारी पद पर एही चार अप्रेल से विवेक बहल के नियुक्त कइले बा. विवेक बहल एहसे पहिले स्टार प्लस के फिक्शन हेड रहलन आ ओहसे पहिले जी टीवी के फिक्शन हेड. बाकिर ऊ महुआ में फिक्शन हेड ना हो के सभकर हेड होखीहें.

महुआ टीवी के चेयरमैन आ प्रबन्ध निदेशक पीके तिवारी के कहना बा कि विवेक बहल महूआ समूह के महुआ टीवी आ महुआ बांगला के प्रमुख रहीहन आ साथ ही उनका से दू गो अउरी नया चैनल शुरु करे के कहल गइल बा. बाकिर अबहीं ऊ प्रस्तावित चैनलन का बारे में कवनो तरह के जानकारी देबे के तइयार नइखन.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।