विनय आनंद बनलन काली

भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनंद फिल्म ‘काली’ में आपन कमाल देखइहन. जबरदस्त संगीत अउर एक्शन भरल ‘काली’ में विनय आनंद के लुक देकेक उनुकर चाहे वाला जरूरे चउँक जइहें. विनय आनंद के खुद कहना बा कि अइसन एक्शन वाला फिल्म ऊ कबो नइखन कइले. हालांकि जल्दिये विनय आनंद के एक से बढ़के एक एक्शन पैक्ड फिल्म दर्शकन के सोझा आवे वाला बा. एहमें ‘हमरा नामे जिला हिलेला’, ‘एलान-ए-जंग’ अउर ‘कजरा मोहब्बत वाला’ खास बा. ‘कजरा मोहब्बत वाला’ के निर्माता हरीश जायसवाल, प्रमोद शास्त्री आ धर्मेन्द्र सिंह हउवें अउर निर्देशक हउवें श्रीधर शेट्टी. एह रोमांटिक थ्रिलर ‘कजरा मोहब्बत वाला’ में नायिका बाड़ी प्रतिभा पांडे आ पहिला बेर खलनायक बन के आइल बाड़न कुणाल सिंह.एह फिल्म में पहिला बेर प्रमोशनल सांग कइले अनारा गुप्ता के कहना बा कि एह फिल्म से एगो नया ट्रेड शुरु होखी कि अब हिंदी सिनेमा का तरह भोजपुरीओ में प्रमोशनल आयटम नंबर नामी नायिका लोग के होखल करी.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।