गोण्डा पुलिस असलहा फैक्ट्री के पर्दाफाश कइलसि

(प्रतीक फोतो)


गोण्डा 27 मार्च (वार्ता). गोण्डा पुलिस मंगल का दिने देहात कोतवाली इलाका से एगो असलहा फैक्ट्रे के भंडाफोड़ करत दू गो अपराधियन के गिरफ्तार क लिहलसि. एहनी का लगे से बहुते असलहा, कारतूस, आ हथियार बनावे के सामानो धराइल बा.
पुलिस अधीक्षक लल्लन सिंह बतवलें कि कोतवाली देहात इलाका में पुलिस छापामार के अवैध हथियार बनावे वाली फैक्ट्री पकड़लसि आ मौके पर से दू गो अपराधी रामलक्षन आ ओंकार के गिरफ्तार क लिहलसि. एकना का लगे से आठ गो देशी असलह, कारतूस आ असलहा बनावे के इलेक्ट्रॉनिक ड्रिल मशीन, वेडिंग गेज, लोहा के लाइनर पिस्टन, नाल के टुकड़ा आ अउरिओ सामान बरामद कइलसि.
बदमाशन के निशानदेही पर असलहा कारोबार में लागल अउरिओ अपराधियन के जोहल जात बा आ ओकनी के ठिकानन पर पुलिस दबिश देत बिया.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।