
(प्रतीक फोटो)
जौनपुर , 04 अप्रैल (वार्ता). जौनपुर के शहर कोतवाली इलाका में कुछ लोग के आपसी विवाद में चलल गोली से एगो नवही घवाहिल हो गइल.
पुलिस के कहना बा कि कोतवाली इलाका के पुरानी बाजार सदर इमामबाड़ा के रहे वाला 24 बरीस के अली रजा के मंगल का राति में आपसी झगड़ा का बाद सिपाह के रहे वाला ओकरे बिरादरी वाला गोली मार दिहलसि.
गंभीर हालात में अली रजा के जिला अस्पताल ले जाइल गइल त डाक्टर ओकर नाजुक हालत देखत वाराणसी के बीएचयू ट्रामा सेंटर रेफर क दिहलें.
पुलिस मामिला के छानबीन करत बिया.
0 Comments