सुप्रीम कोर्ट के कहना बा कि अनुच्छेद 370 हटावल ना जा सके


श्रीनगर 04 अप्रैल. जम्मू-कश्मीर के मुख्यमंत्री महबूबा मुफ्ती आजु बहुते खुश हो गइली जब सुनली कि सु्प्रीम कोर्ट कह दिहलसि कि जम्मू-कश्मीर के अलगा दर्जा देबा वाला अनुच्छेद 370 के अब हटावल ना जा सके. उनुकर कहना बा कि अनुच्छेद 370 कश्मीर के मजहबी, सांस्कृतिक आ भाषाई अखंडता सुरक्षित राखे में अहम भूमिका निभावेला. आ ई बहुते बढ़िया बाति बा कि सुप्रीमो कोर्ट कह दिहलसि कि संविधान के अनुच्छेद 370 अब अतना समय ले बनल रहला का चलते स्थायी हो गइल बा आ ओकरा के हटावल ना जा सके.
जान जाईं कि अपना के मानसिक रूप से इस्लामी माने वाला जवाहर लाल नेहरु का चलते संविधान में एह अनुच्छेद के जोड़ल गइल ताकि कश्मीर के हमेशा इस्लामिक प्रभुत्व वाला राज्च बनवले राखल जा सके. नेहरू हिन्दुत्व विरोधी रहलन आ हिन्दूवन के हमेशा अपने में लड़ावत भिड़ावत राखेला कांग्रेसी सरकार अइसनका कई गो नियम कानून बना दिहलीं सँ जवना चलते आए दिल देश के हिन्दु समाज अपने में मार काच करत रहेला आ जब दोसर मजहब वाला ओकरा के मारे काटेलें त ओह बेरा हिन्दु भागे में तेज हो जालें. कांग्रेसे राज के देन ह कि आजु देश के कई एक राज्यन में हिन्दू माइनोरिटी में आ गइल बाड़ें बाकिर उनुका के कवनो माइनोरिटी अधिकार ना मिले. संविधान आ प्रतिबद्ध न्यायपालिका के बात करे वाली कांग्रेस अइसन ताना बाना बुन दिहले बिया जवना से छुटकारा पावल आसान नइखे रहि गइल आ लोकसभा में बहुमत रहला का बावजूद मोदी सरकार बहुते कुछ नइखे कर पावत.
अगर जो कहीं हिन्दुवन का गलती से फेरू देश में कवनो हिन्दु विरोधी सरकार बनि गइल त फेरु जवन अत्याचार झेले के पड़ी हिन्दुवन के उहो दुनिया देखी.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *