उत्तर प्रदेश में रिलीज भइल हैदर काज़मी के रंगबाज

मुम्बई आ बिहार में डंका पीट चुकल हैदर काजमी के फिल्म ‘रंगबाज’ 18 नवंबर से उत्तर प्रदेश आ दिल्ली में रिलीज होखी, एह टेरिटरी में पचास गो सिनेमाघर मे एकेसाथ रिलीज कइल गइल बा. एह फिल्म के प्रोमोट करे खातिर खुद हैदर काजमी एक हफ्ता उत्तर प्रदेश में रहीहें.

बिहार आ मुंबई में फिल्म के सफलता काबिले तारीफ रहल आ भोजपुरी सिनेमा के हैदरा काजमी जइसन दमदार स्टार मिल गइल. रंगबाज इहो साबित कर दिहलसि कि अगर बढ़िया से प्रचार कइल जाव त नयको कलाकार वाली फिल्म सुपर हिट हो सकेले बशर्ते फिल्म बढ़िया बनल होखे.

रंगबाज में कृष्णा यादव दरोगा बनल हैदर काजमी के एक एक डायलाग पर थपड़ी बाजत बा. नायिका बनल बाड़ी रानी चटर्जी आ डांसिंग क्वीन सीमा सिंह आयटम नंबर कइले बाड़ी जवन दर्शकन के झूमा के राख देता.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।