वेभ म्यूजिक जारी कइलसि पवन सिंह के ’सत्या’ के पहिलका झलक


भोजपुरी सिनेमा के गायिकी के सिरमोर आ यंग्रीयंग मैन पावरस्टार पवन सिंह के बहुचर्चित भोजपुरी फिलिम ‘सत्या’ के पहिलका झलक पिछला दिने म्यूजिक कंपनी वेभ का तरफ से जारी हो गइल.
सत्या के एह पहिला झलक में पवन सिंह के एक्शन भरल बा. पोस्टर पर पवन सिंह का एक्शन अवतार बहुते खतरनाक लउकत बा. बैकग्राउण्ड में हेलीकॉप्टरो राखल बा. जानत चलीं कि एह फिलिम के शूटिंग में दू दिन हेलीकॉप्टर के इस्तेमाल कइल गइल रहे. बहरहाल सोशल मीडिया प एह पोस्टर के सराहल जा रहल बा.
पवन सिंह के हैरतअंगेज कारनामन से सजल श्याम घनश्याम फिल्म इंटरनेशनल प्रा. लि. के बैनर तर बनल ई भोजपुरी फिलिम ’सत्या’ फगुआ का शुभ अवसर पर बड़हन पैमाना प रिलीज कइल जाई.
स्वस्थ मनोरंजन ला एगो अलगे सिनेमा बनावे वाला निर्देशक सुजीत कुमार सिंह के निर्देशन में बनल ई फिल्म एगो स्वस्थ मनोरंजन त करबे करी एगो निकहा नया कीर्तिमानो बनाई. एह फिलिम में दर्शक पवन सिंह के खतरनाक एक्शन अवतार का साथही उनका के एगो नया रुपो में देखीहें.
एह फिलिम में पवन सिंह का साथे आइकॉन क्वीन अक्षरा सिंह बाड़ी. दूनू जने प एक से बढ़के एक गाना अउऱ सीन फिलिमावल गइल बा. एकर तुलना बॉलीवुड के फिल्मांकन से कइल जा सकेला. निर्देशक सुजीत कुमार सिंह दू दिन ले हेलीकॉप्टर से शूटिंग कइलन आ साथ ही दू गो दक्खिन भारतीय फाईट मास्टर रॉकी राजेश अउर बाजी राव से एक्शन दृश्यन के शूटिंग करववले बाड़न.
निर्माता हउवें राधेश्याम लुहार आ गजानंद चैहान, लेखक वीरू ठाकुर, संगीतकार छोटेबाबा, छायांकन देवेन्द्र तिवारी के, नृत्य निर्देशन राम देवन के, संकलन दीपक जौल के, प्रोडक्शन कन्ट्रोलर अरशद शेख ’पप्पू’ आ प्रचारक हउवें रामचन्द्र यादव.
मुख्य भूमिका में पवन सिंह का साथे अक्षरा सिंह, अनु उपाध्याय, बृजेश त्रिपाठी, उमेश सिंह, विपिन सिंह, जय सिंह, लोटा तिवारी, मुकेश तिवारी, राहुल वर्मा, राधेश्याम जीवराजजी लुहार आ दयाशंकर पाण्डेय वगैरह बाड़ें.


(रामचन्द्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।