अंतरराष्ट्रीय भोजपुरी फिल्म अवार्ड में रवि किशन के मिलल नजीर हुसैन अवार्ड


कुआलालंपुर 22 जुलाई (वार्ता). मलेशिया के राजधानी कुआलालंपुर में मनावल गइल चउथका अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी फ़िल्म अवार्ड समारोह में भोजपुरी के मेगा स्टार रवि किशन कॆ भोजपुरी फिलिमन के जन्मदाता नजीर हुसैन के नाम से शुरू कइल गइल नजीर हुसैन अवार्ड से सम्मानित कइल गइल. उनुका साथही अउरिओ कलाकारन के कई श्रेणी में अवार्ड बाँटल गइल.

एह समारोह में सबले नीमन अभिनेत्री के पुरस्कार फिलिम चिगर के नायिका अंजना सिंह के दीहल गइल त सबले नीमन अभिनेत्री के क्रिटिक्स अवार्ड आम्रपाली दूबे के दीहल गइल.

पावर स्टार पवन सिंह के मोस्ट पॉपुलर एक्टर का साथही सबले नीमन गायक होखे के अवार्ड दिहल गइल.

सबले नीमन खलनायक के पुरस्कार संजय पाण्डेय के सबले शानदार कॉमेडियन के पुरस्कार मनोज सिंह टाइगर के दीहल गइल.

सबले नीक अभिनेता होखे के पुरस्कार दिनेशलाल यादव के दीहल गइल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।