मेहरारुअन के पसंद आइल पवन सिंह के ’सत्या’ 50 दिन पुरवलसि


भोजपुरी सिनेमा के पावर स्टार कहाए वाला पवन सिंह के भोजपुरी एक्शन फिल्म ’सत्या’ बिहार के सिनेमाघरन में शानदार व्यवसाय करत 6वों हप्ता में आपन सुपरहिट परचम लहरवले ताज बिया. ई फिलिम बिहार के सीतामढ़ी का वसुश्री सिनेमाहाल में आपन 50 दिन पूरा क लिहले बिया. मेहरारुवन के ई फिलिम बहुते नीक लागत बा आ ऊ झुण्ड के झुण्ड बना के देखे आवत बाड़ी.
सत्या फिलिम के मिलल ई सफलता भोजपुरी सिनेमा उद्योग ला बहुते ख़ुशी के बात बा. एह फिलिम में पवन सिंह के हैरतअंगेज एक्शन अउर इमोशन देखेवालन के अपना ओगि खींचले लेले आवत बा. पवन सिंह आ भोजपुरी क्वीन अक्षरा सिंह के रोमांटिक जोड़ीओ लोग के खूब भावत बा. भोजपुरी सिनेमा में इतिहास रचत पवन सिंह एगो नया कीर्तिमान बनवले बाड़न. ई फिलिम मुंबई, गुजरात, बिहार, झारखण्ड, उत्तर प्रदेश, राजस्थान, पंजाब हर जगहा बॉक्स ऑफिस पर उम्दा व्यवसाय के रिकार्ड बनवले बिया.
श्याम घनश्याम फिल्म इंटरनेशनल प्राईवेट लिमिटेड के बैनर तले बनल एह फिलिम के निर्माता राधेश्याम लुहार अउर गजानंद चौहान आ निर्देशक सुजीत कुमार सिंह हउवें. लेखक वीरू ठाकुर, संगीतकार छोटेबाबा, छायांकन करे वाला देवेन्द्र तिवारी, नृत्य गुरू राम देवन, संकलन करे वाला दीपक जौल, प्रोडक्शन कन्ट्रोलर अरशद शेख ’पप्पू’, आ मार्केटिंग हेड विजय यादव हउवें.
मुख्य भूमिका में पवन सिंह का साथे अक्षरा सिंह, अनु उपाध्याय, बृजेश त्रिपाठी, उमेश सिंह, विपिन सिंह, जय सिंह, लोटा तिवारी, मुकेश तिवारी, राहुल वर्मा, राधेश्याम जीवराजजी लुहार अउर दयाशंकर पाण्डेय वगैरह बाड़ें. मेहमान कलाकारन में भोजपुरी क्वीन आम्रपाली दूबे अउर निधि झा बाड़ी.


(रामचन्द्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *