पटना में खुलल कोटा के कोचिंग शाखा

कोटा के मशहूर कोचिंग सेंटर रेजोनेन्स के पटना शाखा खुल गइल बा जहवाँ मेडिकल आ इंजिनियरिंग में प्रवेश खातिर कोचिंग करावल जाई. पहिला बैच ९ मई से शुरु हो रहल बा आ प्रवेश प्रपत्र रेजोनेन्स के कंकड़बाग शाखा कार्यालय से लिहल जा सकेला. शाखा प्रभारी सफदर सेराज के कहना बा कि शहर के बड़का किताब दुकानो पर फार्म उपलब्ध बा. पिछला दस साल में रेजोनेन्स से कोचिंग लेबे वाला करीब सात हजार स्टूडेंट सफल हो चुकल बाड़े. काश इहो बता देतन कि एह दस साल में कतना स्टूडेंट कोचिंग लिहले रहलें त सफलता के प्रतिशत जाने में सुविधा रहीत.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..