उत्तराखंड के डीजीपी के कड़ाई का बाद तबिलागी जमाती हाजिरी लगवले

उत्तराखंड के पुलिस महानिदेशक अनिल रतूड़ी कड़ाई से कहले रहलें कि तमात के मरकज में शामिल हो के लवटल लोग अपने से सोझा आ जाव ना त बाद में ओह लोग के मालूम हो जाई कि सरकार कइसे ओह लोग से निबटी. कहलन कि एह लोग पर जान मारे के कोशिश के मुकदमा कइल जाई आ कहीं जे केहू एह लोग का छूत से कोरोना से मरल त एह लोग पर हत्या के धारा लगावल जाई.
एह तरह के सख्ती आदेश का बाद आजु नाहियो त पाँच दर्जन तबिलागी पुलिस का सोझा हाजिर हो के बतवलें कि ऊ लोग मरकज में शामिल हो के लवटल बा.
बाकिर एह जमात के अमीर अमीर मौलाना साद अबहियो कवनो कोना में लुकाइल बा दिल्ली पुलिस से कहले बा कि ऊ कोराना के चलते सूतक में बा आ चौदह दिन का बादे बाहर आई.
सोझा आइल 64 तबिलागियन के होम क्वारंटाइन में डालल गइल बा आ पुलिस पूछताछ करत बिया ई लोग केकरा केकरा संपर्क में आइल बा एह बीचे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।