सत्य साईं बाबा के निधन का बाद

उनुका ट्रस्ट के सदस्यन में सत्ता संघर्ष शुरु हो गइल बा. साईं बाबा के ट्रस्ट के संपत्ति चालिस हजार करोड़ के बतावल जा रहल बा. अखबारन में छपल बा कि काल्हु एक ट्रक सोना आ आभूषण ट्रस्ट मुख्यालय से निकाल के अनजान जगहा भेज दिहल गइल बा. के भेजल, कहवाँ भेजल एकर कवनो पक्का खबर नइखे. ट्रस्ट के नया मुखिया केकरा के बनावल जाव एहू पर ट्रस्ट के सदस्यन का बीच असहमति बनल बा आ सत्य साईं बाबा के सहायक एह दौड़ में सबले आगा बतावल जा रहल बाड़े जवना चलते खबर बा कि उनुका जानो पर खतरा आ सकेला.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।