भोजपुरी भाषा आंदोलन गीत के दिल्ली में भइल विमोचन
-


जब तक मान्यता ना मिल जाई लड़ाई जारी रही – भोजपुरी जन जागरण अभियान

भोजपुरिया जन मानस के दिल मे घर कर रहल बा भोजपुरी भाषा आंदोलन गीत

भोजपुरी भाषा आजु बहुत समृद्धशाली भाषा बिया. एकर पटल बहुते व्यापक बा. बाकिर दुर्भाग्य के बात बा कि अबही ले भोजपुरी भाषा के भारतीय संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल नइखे कइल गइल. भोजपुरी जन जागरण अभियान पूरा राष्ट्र का स्तर पर भोजपुरी के संविधान में शामिल करावे खातिर संघर्षरत बा. एही 21 फरवरीए के अठवाँ धरना प्रदर्शन दिल्ली के संसद मार्ग पर कइल गइल, जवना में देश के हरेक भोजपुरिया इलाका से भोजपुरी भाषी शामिल भइले.
एही आंदोलन के क्रम में सुप्रसिद्ध लोकगायिका कल्पना पटवारी अपना आवाज में भोजपुरी भाषा आंदोलन गीत के गाके भोजपुरी आंदोलन में जान फूंक दिहली. 25 करोड़ भोजपुरी भाषा भाषियन के आवाज के अपना गायकी से बुलंद कइली.
एह गीत के विमोचन दिल्ली के राजनगर, पार्ट-2, पालम में भोजपुरी जन जागरण अभियान के राष्ट्रीय अध्यक्ष संतोष पटेल के आवास पर भइल. एह गीत के गीतकार भोजपुरी के आदि कवि कबीरदास आ बेतिया के सुविख्यात कवि गीतकार डॉ गोरख प्रसाद मस्ताना जी बानी. एह गीत के बहुते सराहल जा रहल बा आ कमे समय में बहुते लोकप्रिय हो गइल बा भोजपुरी भाषा आंदोलन गीत.
विमोचन कार्यक्रम में खुद गायिका कल्पना पटवारी आ गीतकार डॉ गोरख प्रसाद मस्ताना जी उपस्थित रहीं. विमोचन कार्यक्रम के दौरान कल्पना भोजपुरी भाषा से जुड़ल कई तथ्यन पर चर्चा कइली आ साथे साथ भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता का सवालो पर आपन बात रखली. कल्पना पटवारी बतवली कि हम भिखारी ठाकुर के गीतन पर लगातार काम कर रहल बानी.
ओहिजे डॉ गोरख प्रसाद मस्ताना जी कहनी कि – भोजपुरी जन जागरण अभियान के द्वारा चलावल जा रहल भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता के लड़ाई में रउआ भोजपुरी भाषा आंदोलन गीत के गा के भोजपुरियन में जोश भरे के काम कइले बानी. एह आंदोलनात्मक सहयोग खातिर बहुत बहुत आभार बा.
भोजपुरी जन जागरण अभियान के राष्ट्रीय अध्यक्ष संतोष पटेल के कहनाम रहे कि – भोजपुरी जन जागरण अभियान भोजपुरी भाषा के संवैधानिक दर्जा खातिर लगातार धरना प्रदर्शन के माध्यम से आंदोलन चला रहल बा आ जब ले मान्यता नइखे मिल जात तब तक लड़ाई जारी रही.
एह अवसर पर मुख्यरूप से धनंजय कुमार सिंह, मनोज कुमार सिंह, संजय ऋतुराज, अभिषेक भोजपुरिया, अनुज कुमार तिवारी, राकेश कुमार सिंह, मुकुल श्रीवास्तव, विजय लक्ष्मी उपाध्याय, पल्लवी सिंह, मंजु कुमारी, हर्ष आर्यन, शुभ के अलावे अउरिओ लोग उपस्थित रहल.

– राजेश भोजपुरिया
राष्ट्रीय संयोजक, भोजपुरी जन जागरण अभियान

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..