आन्हर कुकुर बतासे भूंके

अमेरिका के केन्द्रीय बैंक फेड के कहना बा कि ब्याज दर में बढ़ोतरी पहिले बतावल साल 2024 से पहिलहीं 2023 में शुरु कइल जा सकेला. आ दू बरीस बाद के एह संभावित कार्रवाई के जानकारी मिलला का बाद अमेरिका समेत करीब करीब सगरी दुनिया के शेयर बाजार में गिरावट आ गइल.

वइसे एकरा के एहू तरह से कहल जा सकेला कि रोवे के रहनी तबले अँखिए खोदा गइल. बाजार कई दिन से करेक्शन के उमेद लगवले बइठल रहुवे तब ले अमेरिका के फेड मौका दे दिहलस. आ ओहपर से एगो अउरी कहावत ठोक दीहल चाहत बानी कि एक त काली अपने गोर, ओहपर से लिहली कमरी ओढ़. आजु बियफे का दिने देश के शेयर बाजार के वायदा कारोबार के साप्ताहिक निपटान करे के रहुवे आ सट्टा लगा के बइठल लोग के आपन आपन गोटी सही खाना में बइठावे के रहुवे.

से सबकुछ मिला के लबोलुबाब इहे रहल कि आजु देश के शेयर बाजार आपन तह सरियावे में सफल रहल. अब काल्हु से फेर नया खेल शुरु होखी अगिला साप्ताहिक वायदा निपटान के आ अगिला बियफे त ओकरा साथही मासिको निपटान होखे वाला बा. अगिला शुक से नया सीरीज शुरु होखी फ्यूचर आ आप्शन के.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।