चुलबुल पाण्डे के रोल में पवन सिंह


भोजपुरिया सिनेमा के नवजवान सुपर स्टार पवन सिंह अपना अगिला भोजपुरी फिल्म “गुण्डईराज” में हिन्दी फिल्म “दबंग” के चुलबुल पाण्डेय जइसन किरदार कइले बाड़न. “गुण्डईराज” के निर्माण “मिथिला टाकीज” के बैनर में भइल बा. एह फिल्म के मुख्य जोड़ी पवन सिंह आ मोनालिसा के बा. साथ ही नयकी अभिनेत्री श्रीकंकनी ओ एह फिल्म मे खास किरदार में बाड़ी. फिल्म एही २६ जनवरी के पूरा देश में रिलीज होखे जा रहल बा.
(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।