Fidayin Blasts in Lahore killed more than 30
A suicidal blast on a Shia procession in Lahore killed more than 30 persons and injured about 250. Blasts occurred at three different places and all on the Shias while they were mourning the assassination of their first Imam Ali.
अपना पहिलका इमाम अली के हत्या के शोक मनावत शिया लोगन का जुलूस पर लाहौर में तीन जगहा बम फोड़ल गइल जवना में कम से कम तीस आदमी के जान चलि गइल बा आ सैकड़न लोग घवाहिल हो गइल बा. पहिलका दू गो बम लाहौर के करबला गमे शाह इमामबाड़ा का लगे फूटल. लाहौर में शिया मुसलमानन पर सुन्नी मुसलमानन के हमला के एगो पूरा इतिहास रहल बा जवना में पिछला दिने कुछ कमी आइल बुझात रहे. एह हमला का बाद खिसियाइल लोग एगो पुलिस थाना पर आपन खीस उतारल आ कई जगहा सड़क पर गाड़ियन के जरा दिहल गइल.
0 Comments