Veena hands over ‘proofs’ against Md.Asif

Veena Malik, ex girlfriend of Md.Asif, has handed over tapes of talks Asif had with Indian bookies. Three cricketers have came under shadow of matxh-fixing and the ICC is planning to take stern measures against these players who have been found guilty of match fixing.

मैच फिक्सिंग के आरोप में फँसल पाकिस्तानी क्रिकेटर मोहम्मद आसिफ के पुरान सखी वीना मल्लिक हिन्दुस्तानी सट्टेबाजन से ओकरा संबंध के सुबूत सँउपले बाड़ी. सुबूत का रूप में आसिफ आ सट्टेबाजन का बीच भइल बातचीत के टेप जमा कइले बाड़ी ऊ. एही से कहल जाला कि आपन राज अपना मेहरारुओ से ना बाँटल जाले सखा सखी त बाहर के होलें. का भरोसा काल्हु साथे रहीहे कि घात करीहें.

ओने माँग हो रहल बा कि इन्टरनेशनल क्रिकेट काउन्सिल अपना एंटी करप्शन सेल के खतम कर देव काहे कि जब ई कुल्हि गड़बड़ी होत रहुवे त ओकरा कुछऊ पता ना लाग पावल आ ऊ अपना तरफ से ओह मैच के क्लीन चिट दे दिहले रहुवे जवना के मजीद नाम के सट्टेबाज पहिलही से तय करा लिहले रहुवे. आईसीसी एह बात के बेकार कहत बिया आ एंटी करप्शन सेल के बनवले राखी.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *