केरल में प्रधानमंत्री के आचरण का खिलाफ प्रस्ताव

काल्हु केरल विधानसभा में एगो प्रस्ताव पास करके एह बात के विरोध कइल गइल कि प्रधानमंत्री अपना यात्रा का दौरान ओहिजा के मुख्यमंत्री वी.एस. अच्युतानंदन के तनिको महत्व ना दिहलें. प्रस्ताव पास भइला का बाद राति खानि प्रधानमंत्री अच्युतानंदन से बतिया के आपन अफसोस जाहिर कइलन. मुख्यमंत्री के अनदेखी के हद ई रहल कि कोच्चि का जवना होटल में प्रधानमंत्री के ठहरावल गइल रहे ओहमें मुख्यमंत्री के एगो कमरा तक ना दिहल गइल. वाममोर्चा एकरा के राज्य के अपमान बतवले बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।