गया से आर्मी सेंटर हटिये गइल

लोग के लगातार विरोध का बावजूद सेना के सेवा शाखा आपन कार्यालय गया से हटा लिहलसि. काल्हु सेंटर पर विधिवत झण्डा उतार के सरिया लिहल गइल ताकि ओकरा के बैंगलुरु के नयका केन्द्र पर भेजल जा सके. आर्मी सर्विस कोर्प्स के गया केन्द्र पिछला छत्तीस साल से रहुवे आ गया के विकास में ओकर बड़हन योगदान रहल बा. बिहार के लाख विरोध का बावजूद केन्द्र सरकार एह शाखा के हटावे के निर्नय ना बदलसि आ काल्हु ई शाखा आखिरकार हमेशा हमेशा खातिर बन्द होइये गइल.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..