बाबू वीर कुँवर सिंह के जयन्ती ह आजु

स्वतंत्रता संग्राम के जाबाँज सेनानी बाबू कुँवर सिंह के जन्मदिन का अवसर पर आजु पूरा राज्य में कई जगहा समारोह आयोजित कर के ओह “तेगवा बहादुर” के नमन कइल जाई. भाजपा का तरफ से राजधानी पटना में दौड़ आयोजित कइल गइल बा. मरदन के दौड़ जगदेव पथ से शुरु हो कारगिल चौक तक जाई जबकि औरतन के दौड़ आर ब्लाक चौराहा पर लागल बाबू कुँवर सिंह के मूर्ति से कारगिल चौराहा तक जाई.

एह अवसर पर भाजपा के मुख्य समारोह श्रीकृष्ण मेमोरियल हॉल में मनावल जाई जवना में भाजपा के पूर्व अध्यक्ष राजनाथ सिंह मुख्य अतिथि रहीहें.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।