दुसरका चरण के मतदान आजु

बिहार पंचायत चुनाव के दुसरका चरण के मतदान काल्हु संतावन प्रखण्डन के ८९५ गाँवन में करावल जाई. पहिलका चरण में छुटपुट हिंसा का चलते करीब दस लोग के जान गइल रहे. सरकार के कहना बा कि पूरा इलाका के नाकाबन्दी कर लिहल गइल बा जवना से कि हिंसा ना हो सके. हर केन्द्र पर अब दू गो लाइन लागी आ जहवाँ पाँच सौ से बेसी मतदाता बाड़े तहवाँ दू गो मतदान कक्ष रही. कोशिश रही कि अन्हार होखे से पहिले मतदान पूरा हो जाव.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।