साल 2021 ले मेडिकल के सीट दुगुना हो जाई

देश में डाक्टरन के कमी देखत केन्द्र सरकार मेडिकल कोर्स में सीट दुगुना करे के योजना बनवले बिया. सरकार के लक्ष्य बा कि साल 2021 ले एमबीबीएस के सीट 80 हजार आ पीजी मेडिकल के सीट 45 हजार कर दिहल जाव. सरकार चाहत बिया कि हर दू हजार का आबादी पर एगो डाक्टर के अनुपात हासिल कर लिहल जाव.

अबहीं देश में एमबीबीएस के 41569 सीट आ मेडिकल पीजी में 22194 सीट बाड़ी सँ. हालांकि देश में मेडिकल कालेजन के मौजूदगी दक्खिन आ पश्चिम में अधिका बा. भोजपुरी क्षेत्र में एकर बहुते कमी बा. चरचा चलत रहेला कि बलिया आ छपरा में मेडिकल कालेज खोले खातिर जमीन खोजल जात बा.बाकिर अधिका बात हवे हवाई बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।