समर स्पेशल रेलगाड़ी

गरमी के छुट्टी के भीड़ निपटावे ला अहमदाबाद लखनऊ का बीच समर स्पेशल पहिला अप्रेल से २६ जून का बीच हर हफ्ता चलल करी. अहमदाबाद से सोमार के दिन में साढ़े एगारह बजे खुली आ लखनऊ अढ़ाई बजे रात में चहुँपल करी. एने से बुध का दिने रात में अढ़ाई बजे खुली आ अहमदाबाद बियफे के सात बजे सबेरे चहुँपल करी.

दिल्ली आ छपरा का बीच समर स्पेशल ७ अप्रेल से १ जुलाई का बीच दिल्ली से सोमार के दुपहिरया अढ़ाई बजे खुलल करी आ छपरा अगिला दिने एगारह बजे चहुँपी. लवटान में छपरा से अतवार का दिने साँझ चार बजे खुली आ दिल्ली अगिला दिने साढ़े बारह बजे दुपहरिया में चहुँपी. एकर ठहराव गाजियाबाद, मोरादाबाद, बरेली, लखनऊ, शाहगंजम खोरासन रोड, आजमगढ़, मुहम्मदाबाद, मऊ, आ बलिया में होखल करी.

आनन्द विहार दिल्ली से गोरखपुर का बीच समर स्पेशल हफ्ता में तीन दिन चली. आनंद विहार से हर बुध, शूक आ अतवार के साँझ सात बजे खुले वाली ई रेलगाड़ी गोरखपुर से मंगल, बियफे, आ शनिचर के लवटल करी.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।