तनातनी का बीच भाजपा आ जदयू गठबन्हन के इम्तिहान

बिहार विधान परिषद के तीन गो सीट खाली होखे वाला बा. एहमें से एगो जदयू का लगे रहल जबकि दू गो राजद का लगे. एह सीड़न के उपचुनाव में भाजपा चाहत बिया कि एक सीट ओकरा के दे दिहल जाव. उपचुनाव खातिर २९ अप्रेल ले नामांकन भरे के मौका बा जबकि जरूरी भइल त मतदान ९ मई के करावल जाई.

देखल जाव जदयू एह पर का फैसला लेत बा काहे कि काल्हुए जदयू के प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिहं कहलन कि जदयू अब झूके के तइयार नइखे. दोसरा तरफ भाजपा नेता हरेन्द्र प्रताप के कहना बा कि भाजपा के आपन इज्जत बचावे के फिकिर होखे त गठबन्हन से अलग हो जाव ना त एक दिन गारी सुन के हटे के पड़ी. भाजपा में सुशील मोदी गुट अबहियों नीतीश से नाता बनवले रखला के पक्षधर बा. भाजपा का लगे पिछड़ा वर्ग से कवनो दोसर मजगर नेता ना रहला का चलते सुशील मोदी गूट के बात मानल मजबूरी जइसन हो गइल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।