महाराजगंज संसदीय सीट के उपचुनाव में पीके शाही के परचा आज

राजद सांसद उमाशंकर सिंह का निधन से खाली महाराजगंज संसदीय सीट पर होखे वाला चुनाव खातिर जदयू का ओर से बिहार के मौजूदा शिक्षा मंत्री पी के शाही आजु सोमार का दिने आपन परचा दाखिल करीहें. राजद का ओर से प्रभुनाथ सिंह के उम्मीदवार बनावल गइल बा आ ऊ मंगल का दिने आपन परचा दाखिल करीहें.

जान जाईं कि जे ई चुनाव जीती ओकरा हद से हद एक साल ले सांसद रहे के मौका मिल पाई काहे कि साल २०१४ में लोकसभा के चुनाव होखल तय बा आ जवन अनेसा के बदरी छपले बा देश के ओकरा के देखत कहल जा सकेला कि चुनाव के एलान पहिलहु हो सकेला.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।