जाँच खातिर चहुँपल इंजीनियरन के पिटाई

सिवान के बड़हरिया में बालापुर उत्क्रमित मध्य विद्यालय के भवन गिरा के ओहपर नया भवन बनावल जात रहुवे. गाँव के लोग देखल कि पुरनके मकान के ईंटा फेर से इस्तेमाल होखत बा आ सही तरीका से मकान नइखे बनावल जात. ऊ लोग विरोध कइल त निर्माण करावत प्रधानाध्यापिका आग बबूला होखे लगली. खिसियाइल लोग भवन के बनत दीवाल गिरा दिहल. एही मामला का जाँच में अतवार का दिने दू गो इंजीनियर चहूंपले आ गाँवे वालन के मुकदमा में फँसावे के धमकी दिहलन. एह पर लोग ओह इंजीनियरन के पकड़ के बढ़िया से पीट दिहल. बतावल जात बा कि छुट्टी का दिने आइल ई इंजीनियर लोग अपना अधिकारियन से एह घटना के जानकारी नइखे दिहले.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *