ट्रेन बढ़वला के पहिलहीं गोलबंदी बढ़ गइल

पटना-डेहरी इंटरसिटी के भभुआ ले आ ओहिजे से चलावे के फैसला का बाद डेहरी के लोग खिसियाइल बा. ओह लोग के कहना बा कि ट्रेन डिहरीए से खुले के चाहीं आ अगर भभुआ से चलावे के बा त एगो नया ट्रेन भभुआ वाया सासाराम, डिहरी-गया होके पटना ले चलावल जाय. काहे कि एह गाड़ी में डिहरी टीसने से बहुते भीड़ हो जाला. साथही एह रूंट से श्रमजीवी एक्सप्रेस आ बिक्रमशिला एक्सप्रेस चलावहू के माँग उठल बा. कहत बा लोग कि कांग्रेस सरकार हमेशा डिहरी शहर के अनदेखी करत आइल बिया. एकरे राज में रोहतास उद्योग बंद हो गइल. रेलवे कारखाना ना खुलल आ अब एहिजा से ट्रेनो छिनात बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *