मुजफ्फरनगर दंगा ला राज्य सरकार के जिम्मेदार बतवले राज्यपाल

पिछला दू हफ्ता से दंगा के आग में झँउसत मुजफ्फरनगर का बारे में केन्द्र सरकार का लगे भेजल अपना रिपोर्ट में राज्यपाल बीएल जोशी राज्य सरकार के जिम्मेदार ठहरवले बाड़न. बतावल जात बा कि राज्यपाल कहले बाड़न कि एगो छोट घटना राज्य सरकार के लापरवाही का चलते अतना बड़ बवाल हो गइल. अबही ले नाहियो त सताइस जने के जान जाए के खबर बा एह दंगा में. चौरासी कोसी परिक्रमा रोके में आपन “पराक्रम” देखावे वाली सरकार एह दंगा में महा कमजोर साबित भइल बिया. जवना तरह से दू गो भाईयन के कुछ लोग बेरहमी से घेर के पीट पीट के मुआवल ओकरा बाद अगर सरकार ओह अपराधियन के पकड़े में आपन ताकत देखवले रहीत त हालात अइसन ना बिगड़ीत. बाकिर अपना वोट बैंक के हर अपराध क्षमा करे वाला आ आतंकी अपराध के आरोपियन पर से मुकदमा उठावे वाली सरकार से अइसने उमेदो कइल जा सकेला. बाकिर पिछला दू दिन से जवना तरह लोग के मारल गइल बा उ महानिंदनीय काम बा.

हालात के गंभीरता के अंदाज एहू से लगावल जा सकेला कि दंगा अब मुजफ्फरनगरे तक सीमित ना रहि के अगल बगले के जिलो में पसरे लागल बा. मेरठ आ शामलीओ में सेना लगा दिहल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।