मुन्ना बजरंगी मामिला में वाराणसी के एसएसपी तलब

इलाहाबाद उच्च न्यायालय माफिया डान आ बदनाम शूटर मुन्ना बजरंगी का खिलाफ दर्ज एगो अउर मुकदमा स्थानान्तरित करे का मामिला में एसएसपी वाराणसी आ आर्थिक अपराध शाखा के जांच अधिकारी के तलब कइले बिया.

मुन्ना बजरंगी आ उनका सहयोगियन का खिलाफ वाराणसी के जयपुरा थाने में मौनी बाबा रामलीला कमेटी के मैनेजर क ओर से 30 अप्रैल 2013 के एफआईआर लिखावल गइल रहे. बाद में एसएसपी के रिपोर्ट पर एह मामिला के मले की जांच आर्थिक अपराध शाखा के सँउप दिहल गइल. अब याची जांच बदले के आदेश के चुनौती दिहले बावे. एह बात के सुनवाई 11 सितंबर के होखे वाला बा. (वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।