औरंगाबाद में ट्रक से कचरा के तीन लोग के मौत

बिहार के औरंगाबाद जिला के बारुण इलाका में हाईवे पर सिरीस पुल का लगे एगो ट्रक से कचरा के तीन लोग के मौत हो गइल. पुलिस के कहना बा कि भोजपुर जिला के बिहिया इलाका के कुछ लोग एगो पिकअप वैन पर मवेशी लादके वाराणसी ओरी जात रहले जब ओह वाहन के चक्का पक्चर हो गइल. वाहन सड़क किनारा खड़ा क के चक्का बदलत घरी एगो बेकाबू ट्रक वाहन मालिक डब्लू यादव, आ चालक अउर खलासी के कचारत निकल गइल. तीनो जने के मौत ठाँवे पर हो गइल.

ट्रक चालक वाहन समेत फरार हो गइल. लाशन के पोस्टमार्टम ला औरंगाबाद सदर अस्पताल भेजल गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।