मोदी प्रधानमंत्री बनीहें त हमरा खुशी होखी, कहलन आडवाणी

भाजपा.के पुरनिया नेता लालकृष्ण आडवाणी बुध का दिने गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी के भरपूर बड़ाई करत कहलन कि अगर अगिला चुनाव बाद मोदौ प्रधानमंत्री बनत बाड़े त आडवाणी के खुशी होखी.

आडवाणी अहमदाबाद में इन्स्टीट्यूट आफ इन्फ्रास्ट्रक्चर रिसर्च एंड मैनेजमेट.के उद्घाटन पर संबोधन देत रहले.

एहसे पहिले आडवाणी साबरमती नदी फ्रंट पार्क के उद्घाटन कइले आ एह मौका पर नरेन्द्र मोदीओ मौजूद रहले, दुनु जने एके कार से समारोह स्थल अइले आ अहमदाबाद सर्किट हाउस मे अकेले मे करीब एक घंटा ले बतियवले. फेर दुपहरिया के भोजन लोग संगही कइल आ फेर सोमनाथ ट्रस्ट के बइठक मे शामिल भइल. एह बइठक के अध्यक्षता मुख्यमंत्री रहल केशूभाई पटेल कइलन.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।