साजिशन लीक कइल गइल चिट्ठी

भाजपा के वरिष्ठ नेता आ उपाध्यक्ष रहल कलराज मिश्र आजु कहलन कि अयोध्या वाला चिट्ठी जान बूझके लीक करावल गइल जेहसे बहुसंख्यकन में भरम फइलावल जा सके. कलराज मिश्र अखिलेश यादव सरकार से सवाल कइले बाड़न कि जब मामिला के जाँच चलते बा त अधिकारियन का खिलाफ कार्रवाई मे जल्दबाजी काहे कइल जात बा.
कलराज मिश्रा कहलन कि सरकार आपन कमी लुकावे खातिर पत्र मे जानबूझ के सोमनाथ मन्दिर वाला चरचा जोड़ल गइल. फेर ओह पत्र के लीक करवा के अब आनन फानन मे कार्रवाई कइल जात बा, कहलन कि पूरा मामिला ला सरकारे दोषी बिया आ अगर कार्रवाई होखहीं के बा त गृह मंत्री के खिलाफ होखे के चाहीं.
अबहीं गृह मंत्रालय मुख्यमंत्री का लगे बा.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।