जला देब दुनिया …के भव्य प्रीमियर

भोजपुरी सिनेमा के कांस आ टोरंटो फिल्म फेस्टिवल ले चहुँपावे वाली आ एगो अमेरिकन फिल्म निर्माण कंपनी पन फिल्म्स के पहिलका भोजपुरी फिल्म जरा देब दुनिया तोहरा प्यार में के भव्य प्रीमियर पिछला दिने मुंबई के मल्टीप्लेक्स “फन रिपब्लिक” में करावल गइल.

बिहार में सफलता का साथ सौ दिन के सफ़र कर चुकल ई फिल्म अमरीकन डिजिटल तकनीक से बनल पहिलका भोजपुरी फिल्म हिय. एह अवसर पर पन फिल्म्स तीन गो अउरी फिल्मन के निर्माण के घोषणा कइलसि. एह फिल्मन के नाम ह, “प्रचंड” , “घाव” आ “अघोरी – मेन फ्रॉम बनारस”. “अघोरी” अंग्रेजी आ हिंदी में बनी जबकि बाकी दुनू भोजपुरी में बनीहें सँ.

प्रीमियर का मौका पर सुपर स्टार रवि किशन, अवधेश मिश्रा, ब्रिजेश त्रिपाठी, अभिनेत्री शिखा , कोमल ढिल्लन , निर्माता पवन शर्मा, खुशदीप बंसल, निर्देशक धीरज कुमार का अलावे भोजपुरी फिल्म जगत के दिग्गज दुर्गा प्रसाद मजुमदार, अभय सिन्हा, राजदीप सिंह, अनिल सम्राट, बबलू सोनी, हैरी फर्नांडिस, प्रवेश लाल यादव, शुभी शर्मा, राहुल दुल्हनिया फेम प्रियदर्शनी सिंह सहित अनेक लोग मौजूद रहुवे. बतावे लायक बा कि एह फिल्म में रवि किशन आ शिखा के बीच गरमा गरम रोमांस देख यश राज बैनर के हिंदी फिल्मन के याद आ जाला. खलनायक का भूमिका में अवधेश मिश्रा के खीसि आ पागलपन से भरल रूप वाली एगो भयंकर लड़ाई दर्शकन के उत्तेजित कर देले. कोमल ढिल्लों के रंगीन अभिनय आ उनकर मनमोहक नृत्य त चौंका देबे वाली बा. फिल्म के बाकी कलाकारन में ब्रिजेश त्रिपाठी, नीलिमा सिंह, सीमा सिंह, तसलीमा, फूल सिंह, विनोद मिश्र आ शमीम खान वगैरह शामिल बाड़े.


(स्रोत : उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।