भवहि भाव से पतोह चाव से कहावत साँचे ह का

पूर्वी चंपारण के तुरकौलिया के एगो आदमी जिलाधिकारी आ एसपी का लगे दरखास्त लगवले बा कि ओकर बाप ओकरा मेहरारु से नाजायज संबंध राखेला आ अब ओकरा के मरवा दीहल चाहत बा.
38 बरीस के एह आदमी का कहना बा कि बिआहे का बाद से ओकर बाप अपना पतोहु के अपना जोल में फाँस लिहले बा ओकरा मेहरारु से जनमल सगरी बच्चा ओकरे हउवें सँ आ डीएनए जाँच करा के एकरा के साबित कइल जा सकेला. ओकर मेहरारु स्कूल में पढ़ावेले आ अब ससुरालो वाला सब एही फिराक में बाड़न स कि केहु तरह एह आदमी के जान ला लिहल जाव जेहसे सगरी बखाड़ा हमेशा ला खतम हो जाव.
ई आदमी एही मामिला ले के मोतिहारी कोर्टो में केस कइले बा.
ओने एह आदमी के मेहरारुवो पिछला महीना तुरकौलिया थाना में दहेज उत्पीड़न करे, अय्याश होखे आ एगो औरत से नाजायज संबंध राखे के केस लिखवले बिया.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।