शहाबुद्दीन सरेण्डर क के फेरु जेल गइलन

supremecourt
आजु शुक का दिने सुप्रीम कोर्ट सिवान के बाहुबली शहाबुद्दीन के जमानत रद क दिहलसि. एकर खबर मिलते शहाबुद्दीन सिवाान कोर्ट में जाके सरेण्डर क दिहलन जहाँ से उनक के जेल भेज दीहल गइल. सुप्रीम कोर्ट राज्य सरकार के आदेश दिहले रहुवे कि शहाबुद्दीन के फौरन गिरफ्तार क के जेल भेजल जाव.

सिवान के एसपी प्रतापपुर में शहाबुद्दीन का घरे गिरफ्तार करे पहुंचतन ओकरा पहिलही शहाबुद्दीन सकरेणडर क दिहलन. सबकुछ आनन फानन में हो गइल.

जोल वापस जात धसकी देत गइलन कि अगिला चुनाव में उनकर समर्थक नीतिश के औकात देखा दीहें.

शहाबुद्दीन के वापस जेल गइला के खबर से सिवान राहत के साँस लिहलसि आ आपन तीना बेटा के गँवा चुकल बाप महतारी चंदा बाबू अउर कलावती देवी कहली कि अब लागत बा कि न्याय होला. भगवान का घर देर भले हो जाव, अन्हेर ना होखे.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।