शहाबुद्दीन सरेण्डर क के फेरु जेल गइलन

supremecourt
आजु शुक का दिने सुप्रीम कोर्ट सिवान के बाहुबली शहाबुद्दीन के जमानत रद क दिहलसि. एकर खबर मिलते शहाबुद्दीन सिवाान कोर्ट में जाके सरेण्डर क दिहलन जहाँ से उनक के जेल भेज दीहल गइल. सुप्रीम कोर्ट राज्य सरकार के आदेश दिहले रहुवे कि शहाबुद्दीन के फौरन गिरफ्तार क के जेल भेजल जाव.

सिवान के एसपी प्रतापपुर में शहाबुद्दीन का घरे गिरफ्तार करे पहुंचतन ओकरा पहिलही शहाबुद्दीन सकरेणडर क दिहलन. सबकुछ आनन फानन में हो गइल.

जोल वापस जात धसकी देत गइलन कि अगिला चुनाव में उनकर समर्थक नीतिश के औकात देखा दीहें.

शहाबुद्दीन के वापस जेल गइला के खबर से सिवान राहत के साँस लिहलसि आ आपन तीना बेटा के गँवा चुकल बाप महतारी चंदा बाबू अउर कलावती देवी कहली कि अब लागत बा कि न्याय होला. भगवान का घर देर भले हो जाव, अन्हेर ना होखे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *