इलाहाबाद में मुठभेड़ का बाद पांच हजरिया अपराधी धराइल

इलाहाबाद, 04 अप्रैल (वार्ता). इलाहाबाद के औद्योगिक इलाका में पुलिस का साथे भइल मुठभेड़ में घवाहिल कुख्यात अपराधी राजा पांडेय के ओकरा एगो संघतिया समेत गिरफ्तार क लीहल गइल.
एह बाबत जालकारी देत वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक आकाश कुलहरि बतवलें कि भोर का बेरा पुलिस औद्योगिक इलाका के चेकिंग करत रहुवे. ओकरा खबर मिलल कि कार से कुछ बदमाश जात बाड़ें सँ त ऊ एगो कार के रोके के इशारा कइलसि. बाकिर रुकला का जगहा कार वाला भागे के कोशिश कइलें त पुलिस वायरलेस पर सूचना दे दिहलसि. एकरा बाद कई थाना के पुलिस ओहनी के महुंआरी गांव का सोझा घेर लिहलें. दुनु तरफ से घेराइल राजा पांडेय तब पुलिस पर फायरिंग करे लागल. जवाबी कार्रवाई में पुलिसो गोली चलवलसि आ राजा पोंडेय घवाहिल हो गइल. एह मुठभेड़ में एगो सिपाही दीपको घवाहिल हो गइलें. घवाहिल राजा पांडेय आ ओकरा साथे धराइल मुकेश के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि.
करछना इलाका में रहे वाला एह शातिर अपराधी राजा पांडेय का लगे से असलहो बरामद भइल बा. एकरा पर 5000 रूपिया के ईनाम घोषित रहल आ कई थानन में एकरा खिलाफ हत्या, लूट, हत्या के कोशिश, छिनैती वगैरह के मुकदमा दर्ज बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *