सत्यमेव जयते के अदालत से हरी झंडी मिल गइल


भोजपुरी के बहुचर्चित फिल्म “सत्यमेव जयते” का प्रदर्शन के बाधा अब दूर हो गइल बा. मुंबई के एगो अदालत तीन महीने तक चलल लमहर न्यायिक प्रक्रिया का बाद फिल्म के टायटल का खिलाफ दायर एगो याचिका के खारिज करत फिल्म के प्रदर्शन के इजाजत दे दिहले बा.

बतावे लायक बा कि रमा देवी प्रोडक्शन का बैनर तले निर्माता अनिल सिंह आ निर्देशक बबलू सोनी के फिल्म “सत्यमेव जयते” पिछला नौ जुलाई के बिहार में रिलीज़ भइल रहुवे. फिल्म के सगरी ज़रूरी प्रमाण पत्र हासिल रहे. अगिला देने एगो फिल्म निर्माता “सत्यमेव जयते” के टायटल पर दावा करत अदालत में याचिका दायर कर दिहले. याचिका पर सुनवाई पूरा होखे तक अदालत फिल्म के प्रदर्शन पर रोक लगा दिहलिस. एह चलते “सत्यमेव जयते” के सिनेमाघरन से हटावे के पड़ल रहुवे आ एह अदालती कार्यवाही से फिल्म के निर्माता को ढेरे नुकसान भइल रहे.

पूरा सुनवाई का बाद न्यायालय “सत्यमेव जयते” के राहत देत फिल्म के प्रदर्शन के अनुमति दे दिहले बिया. अदालत के एह निर्णय पर प्रतिक्रिया व्यक्त करत निर्देशक बबलू सोनी कहले कि सत्य परेशान भले हो जाव, पराजित ना होला…


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।