इश्क नचाए बीच बाजार फिलिम रिलीज होखे जा रहल बा

अभिनेता संग्राम सिंह पटेल आ अभिनेत्री प्रतिष्ठा ठाकुर अभिनीत भोजपुरी फिलिम “इश्क नचाए बीच बाजार” अगिला महीना मार्च में सिनेमाघरन में रिलीज होखे जा रहल बा. आ एही 25 फरवरी के एकर ट्रेलर यूट्यूब पर अवध गंगा म्यूजिक का चैनल पर रिलीज होखे जा रहल बा.
संग्राम सिंह पटेल के होम प्रोडक्शन अवध गंगा म्यूजिक के बैनर तरे बनल एह फिलिम के सगरी शूटिंग उत्तर प्रदेश के सीतापुर में करावल गइल बा.
एह फिलिम के कहानी मनोज पांडेय के लिखल, गीत आजाद सिंह आ प्यारेलाल यादव के लिखल, संगीत साजन मिश्रा के सजावल हवे. फिलिम के फाइट मास्टर हउवें अरुण सिंह, नृत्य निर्देशक संतोष सर्वदर्शी, आ छायांकन डी के शर्मा के कइल हवे.

एह फिलिम के मुख्य कलाकार संग्राम सिंह पटेल आ प्रतिष्ठा ठाकुर के सहयोगी कलाकारन में अयाज खान,अनूप अरोड़ा,संतोष पहलवान ,विनीत विशाल, बबलू यादव,सत्‍य प्रकाश सिंह,मदन चंद,अभिषेक मिश्रा,रंजीत राज,सतवीर राणा, रुचि सिंह, प्रिया वर्मा ,रितिक वर्मा चौधरी राम सिंह आ अब स्वर्गीय हो चुकल बृजेश त्रिपाठी के नाम शामिल बावे.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।