भोजपुरी आ भोजपुरियन से त हमार पिछला जनम के नाता बा


भोजपुरी सिनेमा के सबसे लोकप्रिय आ श्रेष्ठ अभिनेत्री पाखी हेगडे आजु हर नायक, निर्माता, निर्देशक, वितरक, इहां तकले कि सिनेमाघर के मालिकन के पहिला पसन्द बन गइल बाड़ी. गैर भोजपुरी भाषी होखला का बावजूद भोजपुरिया दिल के धड़कन बनल पाखी के कहना बा कि भोजपुरी आ भोजपुरियन से त उनकर पिछला जनम से नाता बा. एही चलते उनका के भोजपुरिया दर्शक बेहद पसन्द करेलें आ पाखी के हर फिलिम सुपर हिट हो जाले.

पाखी हेगडे भोजपुरी सिनेमा के अकेला नायिका बाड़ी जे लीक से हट के बनल किरदार कइल पसन्द करेली आ ओकरा के करे के जोखिम उठावे के तइयार रहेली. कहेली कि भोजपुरी सिनेमा में आवे से पहिले उनका मन में उहापोह रहुवे कि पता ना दर्शक उनका के सकरीहें कि ना. बाकिर भोजपुरिया दर्शक पाखी के हाथो हाथ उठा लिहलन आ उनका के सर्वश्रेष्ठ नायिका बना दिहलें.

पाखी हेगडे के नयका फिलिमन में से दू गो खास फिलिम बाड़ी स “लोफर” आ “देवर भाभी”. लोफर में ऊ एगो बेसवा के किरदार कइले बाड़ी जे नायक के पूरा घर परिवार तबाह करे के योजना में शामिल बाड़ी बाकिर नायक के प्यार मोह में अइसन जकड़इली कि सगरी योजना भुला गइल. “लोफर” में दिनेश लाल यादव नायक के भूमिका में बाड़न. “देवर भाभी” में ऊ पवन सिंह के भाभी बनल बाड़ी. बतवली कि भोजपुरिया समाज में देवर भउजाई के बीच के हँसी मजाक कई बेर सीमा के पार चलि जाला बाकिर फिल्म “देवर भाभी” में एह रिश्ता के पवित्रता कायम राखल गइल बा.

पाखी हेगडे आजु काल्हु एगो हिन्दी फिल्म में काम करत बाड़ी जवना के अंतर्राष्ट्रीय फिल्म महोत्सवन में देखवला का बादे देश में रिलीज करे के योजना बा. फिल्म ह “वूमैन फ्राम द ईस्ट”. एह फिल्म के १५ भाषा में सबटाइटिल का साथे रिलीज कइल जाई.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।