पदलसि कि पदलन – बतंगड़ 109

सवाल सुन के कुछ लोग के खराबो लागी कि ई कवन तरीका ह जवना में भाषायी मर्यादा भुला दीहल जात बा। बाकिर उहे लोग ओह लोगन का बारे में अइसने बात कहे में सकुचइहें जे अइसन भाषा के राजनीतिक बोलचाल के नया स्तर बनावे में लागल बा। कुछ लोग के कहना बा कि बार बाला का परिवार से कवना तरह के भाषा चाहब रउरा? जबसे केन्द्र में मोदी के सरकार आइल बा आ हर चुनाव में ओकर मजबूती अउर बढ़ल जात बा तवना से विपक्षी हताश हो गइल बाड़न आ इहे हताशा ओहनी के मजबूर कर देत बा गाली गलौज के इस्तेमाल करे के।
बाकिर ई लेख में पहिला चरचा एह पर कि ऊ पदलसि कि ऊ पदलन? का कहल सही होखी पदलसि कि पदलन? जबकि दुनु में एकही बात कहल जाई बाकिर पदलसि कि पदलन में पादे वाला आ एह पदला के चरचा करे वाला के आपसी स्तर होखी। अगर पादे वाला बतावे वाला से हेय होखे त पदलसि सही हो जाई बाकिर अगर पादे वाला बतावे वाला से श्रेष्ठ होखो त पदलन कहल सही होखी। हिन्दी भा अंगरेजी में ई विवाद ना हो पाई। हिन्दी में उसने पादा भा उन्होंने पादा कहे के पड़ी। एहिजा पादा जस का तस रह जाई बाकिर उसने आ उन्होंने के अन्तर जरुर होखी। अंगरेजी में त एकरो अन्तर ना पड़े। He farted, you farted, she farted, we farted, they farted में फार्ट फार्टे रह जाई ओकरा में कतहीं कवनो बदलाव ना होखी।
पादल शब्द हो सकेला कि कुछ लोग के सुने में खराब लागे बाकिर ओकर बास सभका खराबे लागेला। शायदे केहू होखी जे पाद में सुगंध के आभास करे। बाकिर ऊ पाद जवना का बाद सगरी मीडिया में ओकर बास पसर गइल बा कुछ लोग के नीके लागत बा. बाकिर एह पाद में अतना बास बा कि सगरो खोजला का बादो ओकर पूरा वीडियो नइखे मिलत। मीडिया में एकरा के गाँ..फा भा गाँ.. मा.. के बात बतावल जात बा। बाकिर सुने वाला अतने से बूझ जात बाड़ें कि कतना संस्कारी आदमी होखी जे अइसन भाषा बोलले होखी।
कुछ लोग के इहो कहना बा कि बनारस में अइसनका बात आम बोलचाल में बहुते सामान्य रूप से कहा जाला। आ ई कहे वाला बनारसेे के हउवन। बाकिर ऊ अनारस के होखो भा बनारस के हवे ओही मुहब्बत के दोकान चलावे वाला गिरोह के। भोजपुरी के अश्लील बतावे में अपना के गौरवान्वित महसूस करे वाला लोगन ला एकर उदाहरण कुछ सीखा पाई एकर उमेद कमे बा। रउरा का लागत बा?


0 Comments