अपना दर्शकन के लुभावेली रीतु पांडे


भोजपुरी सिनेमा के हास्य अभिनेत्री रीतू पांडे बहुते कड़ा संघर्ष का बाद एह मंजिल पर चहुँपल बाड़ी. अब उनकर जगहा सुरक्षित हो चुकल बा आ उनुकर कई गो फिल्म सामने आ चुकल बाड़ी सँ. आजमगढ़ के फूलपूर के रहेवाली रीतू पांडे म्यूजिक अलबम से आपन अभिनय के उड़ान शुरु कइली आ गँवे गँवे आगा बढ़त सिनेमा तक आ चहुँपली. कई गो फिल्मन में रीतू पांडे के दमदार किरदार दर्शकन के देखे के मिलल बा. रीतू पांडे भोजपुरी सिनेमा का साथ साथ टीवी सीरियल, जइसे कि “सी आई डी” आ “शक्तिमान”, आ मराठी सिनेमो में सफलता पा चुकल बाड़ी. सिनेमा में दर्शकन के हँसावल आसान ना होला बाकिर रीतू पांडे अपना हास्य अभिनय से दर्शकन के हँसावत हँसावत पेट दर्द करा देली. हालही में रिलीज फिल्म “दिल” में एगो कालेजिया लड़िकी के खूबसूरत किरदार कर के दर्शकन का दिलो दिमाग पर आपन छाप छोड़ दिहले बाड़ी.


(स्रोत – दिनेश चन्दर)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।