दामाद चाहीं फोकट में के संगीत मुहुर्त
-


भोजपुरी फिल्म “दामाद चाहीं फोकट में” के संगीत मुहुर्त हालही में मुंबई के गोरेगाँव स्थित कृष्णा स्टूडियो में करावल गइल. फिल्म के निर्देशक बालकिशन कहले कि मनोरंजन का साथ साथ ई फिल्म एगो संदेश दिही समाज के. फिल्म में विनय आनन्द के डबल रोल बा. बाकी कलाकारन के चयन हो रहल बा. अप्रेल का महीना में फिल्म के शूटिंग आरा, राजगीर, हाजीपुर आ छपरा में करावल जाई. फिल्म के गीत सतीश तिवारी आ महेश कुमार के लिखल बा जवना के के॰रत्नेश का संगीत निर्देशन में साधना सरगम आ दोसरा गायकन का आवाज में रिकार्ड करावल गइल बा. फिल्म में आठ गो गाना शामिल रही.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts