अभय सिन्हा के जंग


मशहूर भोजपुरी फिल्म निर्माता अभय सिन्हा अब “जंग” ले के आवत बाड़े. एहसे पहिले ऊ “बंधन टूटे ना, प्यार के बंधन, जनम जनम के साथ, हम बाहुबली, रणभूमि, आज के करन अर्जुन” जइसन सफल फिल्म दे चुकल बाड़न. “जंग” यशी फिल्म्स प्रा॰ लि॰ का बैनर में बनल बा आ महुआ मीडिया प्रा॰ लि॰ एकरा के प्रस्तुत कइले बा. भोजपुरी के सुपर स्टार पवन सिंह आ मोनालिसा का साथ एह फिल्म में गुल हमीद, प्रेरणा, सुदेश कौल, आकाश सहाय, उल्हास, मेहनाज, दीपक सिन्हा, रवि उज्जैन आ एहसान खान वगैरह कलाकार शामिल बाड़े. फिल्म के निर्देशन अरशद खान के, गीत विनय बिहारी के, संगीत लाल सिन्हा. कहानी मनोज हंसराज के, एक्शन शकील शेख के आ कैमरा शकील अंसारी के बा. नृत्य निर्देशन पप्पू खन्ना, हसीना मेहनाज आ रामदेवन के बा. कार्यकारी निर्माता हउवें अंजनीकांत श्रीवास्तव आ कला निर्देशक विजय दास.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

1 Comment

  1. Abhay kumar

    mai Abhay hu mere pas ek bahut hi good kahani hai aap call karne -9525595663

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..