भोजपुरिया परदा पर छाये का तइयारी में पंकज केसरी

Pankaj Kesriभोजपुरी सिनेमा के स्टार पंकज केसरी अब भोजपुरिया परदा छाप लेबे के तइयार बाड़न. उनका पूरा यकीन बा कि उनकर आवे वाली फिलिमन के सफलता का साथे ऊ दर्शकन का दिलो दिमाग में आपन जगह बना लीहें. एह साल उनकर आवे वाली फिल्मन में पहिलका होखी द ग्रेट हीरो हीरालाल जवना में उनकर नायिका बाड़ी हॉट गर्ल मोनालिसा.

ओकरा बाद आई मेरा बलमा छैल छबीला जवना में पंकज के नायिका बाड़ी स्टार अदाकारा रानी चटर्जी. इहे जोड़ी फेर नजर आई अनूप जलोटा के फिल्म तेजाब में, जवना में अनारा गुप्तो बाड़ी.

अजय श्रीवास्तव निर्देशित फिल्म नथुनिये पे गोली मारे में पंकज के नायिका बाड़ी गुंजन पंत. पंकज के कई गो फिलिम फ्लोरो पर बाड़ी सँ जवना में जुदाई, त्रिनेत्र, रिक्शावाला आई लव यू, जीजा जी की जय हो, साँवरिया तोहेस लागी कैसी ये लगन, लागल प्रेम रोग वगैरह.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।