संजय पांडे के डबल धमाका

सिनेमा भोजपुरी के नंबर वन खलनायक संजय पांडे के हालही में दू गो फिलिम, ‘देवता’ अउर ‘राजा के रानी से प्यार हो गईल’, बिहार में एके साथ रिलीज भइल आ दुनु बंपर ओपनिंग लिहली सं. दुनु फिलिमन में संजय पाडे के काम के सभे जबरदस्त तारीफ करत बा.

गाँव से शहर ओर होखत पलायन पन बनल फिल्म ‘देवता’ में संजय पांडे के एक्शन के सैलाब देखे के मिलत बा. एह फिलिम में देखावल गइल बा कि शहर छोड़ अपना गाँवो जवार में सही राह पर चलि के सफलता लिहल जा सकेला.

अमर प्रेम कहानी पर बनल फिलिम ‘राजा के रानी से प्यार हो गईल’ में देखावल गइल बा कि जोड़ी भगवाने किहाँ बनेला आ साँच प्यार के हमेशा मिलन होला. एह में संजय पांडे के एक्शन स्टंट बावे.


(शशिकांत सिंह के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..