प्रवेश लाल के ‘राजा के रानी से प्यार हो गईल’ धूम मचा दिहलसि

सिनेमा भोजपुरी के नवजवान सितारा प्रवेश लाल यादव के हालही में प्रदर्शित भइल फिल्म ‘राजा के रानी से प्यार हो गईल’ के धूम आजु काल्हु सगरी बिहार में बा. टॉकी फ्रेमस प्रस्तुत निर्माता-निर्देशक स्वप्नदीप के ई फिल्म बिहार के चालिस गो से अधिका सिनेमाघरन में शानदार व्यवसाय करत बिया. फिल्में प्रवेश के नायिका बाड़ी शुभी शर्मा अउर मेघा घोष.

अबही प्रवेश अपना एगो फिल्म, जवना के अबही नाम तय नइखे, का शूटिंग में दक्खिन भारत के लोकेशन पर बिजी बाड़न.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..